Bhole Bam Bam

Dharma Singh

Continua depois do anúncio

जब भोला के डमरु बज जाला
तब देवघर नगरिया सज जाला
जे भी दिल से विनयकरे भोला के
उनका भक्ति मे मज जाला
जिनगी के सारा पाप बुराई
हो जाला छन मे खत्म
बोलो बम बम बम
भोले बम बम बम

सोचल सपना पुरावे ले भोला
जे भी चढ़ा वेउनके भंगिया के गोला
कबो भी कवनो मुसीबत
ना आवे ना रहे कवनो गम
बोलो बम बम बम
भोले बम बम बम

बागी विजय आइले
जलवा चढ़ावे
धर्मा भजन
भोले दानी के गावे
इहे निहोरा बा शिव
शंभु बनी जइती गायक हम
बोलो बम बम बम
भोले बम बम बम

Informações da música

Composição: Vijay Bagi e Arya Sharma

Essa informação está errada?

Enviar revisão